_________________________
जात में जात इहां जतिए प्रधान बा
इ ह भारत इहां जतिए पहिचान बा।
जात में जात जइसे केला के पतिया
छिलका पियाज के जस मोथा के घसिया
जात के मान इहां जतिए अभिमान बा
इ ह भारत इहां जतिए पहिचान बा।
पानी के जात इहां मटका के जतिया
भात के जात इहां रोटियो के जतिया
जात से बड़ा-छोट जतिए भगवान बा
इ ह भारत इहां जतिए पहिचान बा।
पीड़ित भयल इहां जतिए से मानव
जतिए से मानव कहाइल दनुज-दानव
चरित-गुनहीन देखा तबो सम्मान बा
इ ह भारत इहां जतिए पहिचान बा।
नेह-मानवता के जाति गइल खाई
हक-अधिकार गयल जाति से लुटाई
जतिए से हमनीं के मिटल पहिचान बा
इ ह भारत इहां जतिए पहिचान बा।
मिलल अजादी बाकी के के अजाद भयल
बंधुआ अजादी अ बंधुआ अधिकार भयल
जतिए अजाद भइल जतिए गुलाम बा
इ ह भारत इहां जतिए पहिचान बा।
कवि -- राम बचन यादव
No comments:
Post a Comment